भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सुराज (एक) / जगदीश ओझा ‘सुन्दर’

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

सगरी बिपतिया के गाड़ भइलि जिनिगी।
नदी भइल नैना पहाड़ भइलि जिनिगी।

आग जरे मनवा में
धधकेले सँसिया
असरा में धुआँ उठे
प्रान चढ़ल फँसिया
देहि के जरौना बा भाड़ भइलि जिनिगी।
नदी भइल नैना पहाड़ भइलि जिनिगी।

केहू माँगे घूस, केहू-
माँगे नजराना
केहू माँगे सूदि मूरि
केहू मेहनताना-
कुकुर भइले जुलुमी-जन, हाड़ भइलि जिनिगी।
नदी भइल नैना पहाड़ भइलि जिनिगी।