Last modified on 9 मई 2012, at 15:33

बात खुल के कहीं, भइल बा का ? / मनोज भावुक

यदि इस वीडियो के साथ कोई समस्या है तो
कृपया kavitakosh AT gmail.com पर सूचना दें

बात खुल के कहीं, भइल बा का ?
प्यार के रंग चढ़ गइल बा का ?

रंग चेहरा के बा उड़ल काहें ?
चोर मन के धरा गइल बा का ?

हम त हर घात के भुला गइलीं
रउरा मन में अभी मइल बा का ?

आईं अबहूँ रहे के मिल-जुल के
जिन्दगी में अउर धइल बा का ?