भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बात खुल के कहीं, भइल बा का ? / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

यदि इस वीडियो के साथ कोई समस्या है तो
कृपया kavitakosh AT gmail.com पर सूचना दें

बात खुल के कहीं, भइल बा का?
प्यार के रंग चढ़ गइल बा का?

रंग चेहरा के बा उड़ल काहें ?
चोर मन के धरा गइल बा का?

"हम त हर घात के भुला गइलीं
रउरा मन में अभी मइल बा का ?"

आईं अबहूँ रहे के मिल-जुल के
जिन्दगी में अउर धइल बा का?