भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

भू दान / रमाकांत द्विवेदी 'रमता'

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 08:30, 25 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रमाकांत द्विवेदी 'रमता' |अनुवादक= |...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

भारत अइसन महा-देश में पैदल गाँवे- गाँवे
धरती माँगत घूमत बाड़े बूढ़ बिनावा भावे
जे ना सहल घाम, बरखा-आ-माघ-पूस के पाला
जेकर हर-हेंगा ना कवहूँ बाबें-दहिन बुझाला
जेकर धी-पतोह ना जाने कइसे धान रोपाला
धनि रे न्याय! इहाँ धरती के मालिक उहे कहाला
जुग-जुग के दुखिया किसान के बाजिब हक दियबावे
धरती माँगत घूमत बाड़े बूढ़ बिनोवा भावे
एने सुबहित सतुआ दूलम, ओने उड़े मलाई
एने सपना फटही कामरि, ओने गरम रजाई
बाबू कहते जनम सिराइल, बाबू कूर-कसाई
फाटऽ धरती! इहाँ अबरुआ के मेहरि भउजाई
धन के मेटि गुमान, बरोबर एक समान बनावे
धरती माँगत घूमत बाड़े बूढ़ बिनोवा भावे
तेलंगाना खीसी काँपे, दिल्ली देले झाँसा
एने लाख-करोड़ों अदिमी बाड़े परल बेकासा
जल्दी जो फाँसिला ना होई, लागी बड़ा तमासा
छहसत बा, लाठी-भाला-गँड़ास के लवटी पासा
आपुस के फुटमत से घर के लंकाकाँड बचावे
धरती माँगत घूमत बाड़े बूढ़ बिनोवा भावे