Last modified on 20 मई 2015, at 16:23

अनहोनी / मोती बी.ए.

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:23, 20 मई 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मोती बी.ए. |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKavita}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बरम भइला बदे
मूड़ी काटल जरूरी होला
तब्बे न केहू गोड़ लागी
भा पुजाई करी
आ सूतल बरम जगावल जाई।

जब बरम जगिहें भा जागि जइहे
त अनहोनी होखे लागी
मूड़ी काटि के-
गोड़ लगला से बढ़ि के
अनहोनी का ह
सिवाय, अनहोनी से अनहोनी भइला के।
22.06.95