भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

अनहोनी / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बरम भइला बदे
मूड़ी काटल जरूरी होला
तब्बे न केहू गोड़ लागी
भा पुजाई करी
आ सूतल बरम जगावल जाई।

जब बरम जगिहें भा जागि जइहे
त अनहोनी होखे लागी
मूड़ी काटि के-
गोड़ लगला से बढ़ि के
अनहोनी का ह
सिवाय, अनहोनी से अनहोनी भइला के।
22.06.95