Last modified on 21 अक्टूबर 2010, at 22:35

देखलीं जे बइठि के दरिया किनारे/ मनोज भावुक

Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:35, 21 अक्टूबर 2010 का अवतरण


देखलीं जे बइठि के दरिया किनारे डूबके देखला प लागल भिन्न, यारे

घर के कीमत का हवे, ऊहे बताई जे रहत फुटपाथ पर लँगटे-उघारे

ना परे मन घर कबो बबुआ के भलहीं रोज बुढ़िया भोर में कउवा उचारे

बस कहे के हम आ ऊ साथ रहीले साथ का, जब पड़ गइल मन में दरारे

ख्वाब में भी हम कबो सोचले ना होखब वक्त ले जाई कबो ओहू दुआरे