भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"मछरी / ब्रजभूषण मिश्र" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=ब्रजभूषण मिश्र |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

18:05, 1 अक्टूबर 2013 के समय का अवतरण

कतना आसान बा
केहू के हँसी आ मुसुकी के
नाप लिहल।
बाकिर गम के अथोर-अथाह
गहराई,
जवना के ओर-छोर
पता ना चले ;
के नाप सकेला, के नापे चाहेला ?
जीयला के चाहे
जतना खुशी मना लीं
कतना बेर मर चुकल बा मनई।
सभे आपन-आपन अलापत बा
एही से अइसन हालत बा।
लय-ताल मिलत नइखे,
प्राण रहलो पर आदमी
जीअत नइखे,
आदमी कुछुओ ना,
जीअत-तड़फड़ात मछरी बडुए ;
जे समय मछुआरा के
जाल में फँसल बडुए।