भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"होला कबो बहार त पतझड़ जमीन पर / जौहर शफियाबादी" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जौहर शफियाबादी |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

20:23, 1 अक्टूबर 2013 के समय का अवतरण

होला कबो बहार त पतझड़ जमीन पर
लीला ई रोज देखेला अँखिगर जमीन पर

अँखिया में अँखिया डार के कहलें ऊ अनकहल
नेहिया के फूल खिल गइल बंजर जमीन पर

मोजर सिंगार देख के अइकत बा आम पर
रोपले बा जे बबुर के रसगर जमीन पर

धधकत चिता भरोस के देखत रहीले हम
चुपचाप अपना आस का मजगर जमीन पर

मजहब धरम के नाम का नफरत के बिस ह
ई आज के सवाल बा लम्हर जमीन पर

घर-घर में घर के रूप घरारी के मान बा
घर जे बनाई नेह का मजगर जमीन पर

आपन जे पेट काट के अनकर छुधा भरे
ऊहे सरग उतारेला ‘जौहर’ जमीन पर