भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"दिया जरत बा त रौशनी बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
(कोई अंतर नहीं)

11:53, 30 मार्च 2015 का अवतरण

दिया जरत बा त रौशनी बा
इहाँ कहाँ आज चाँदनी बा

मिटा रहल जे खपा के खुद के
उहे कलम के बनल धनी बा

सवाद बा तींत खा के देखीं
लगे अगर मीठ, चासनी बा

विकास होता, सुनीले रोजे
मगर जमीनी ना, कागजी बा

बची भरम आज आदमी के
बता सकी के, तनानी बा

‘पराग’ के गीत गुनगनाइल
न चाह रहलो प बेबसी बा