भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"आज के बाजार में हर चीज बाजारू भइल बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
12:59, 30 मार्च 2015 का अवतरण
आज के बाजार में हर चीज बाजारू भइल बा
माल गाँठिन में अगर बा मोल लेलीं जवन दिल बा
आबरू-ईमान सब धनवान के जागीर बाटे
के करत बा याद हमरा हाथ जे नेकी कइल बा
हो रहल धूमिल इहाँ विश्वास के ललकी किरिनियाँ
बा लगत इन्सान का भीतर के सूरूज ढल गइल बा
हो सकी पहचान कइसे देख ऊपर के सफाई
जान पावल बा कठिन, के साफ कतना भा मइल बा
नौजवानन में बढ़ल जाता निराशा के कुहासा
जल रहल रेती, पियासल बा हिरन ना प्राप्त जल बा