भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"बनते बनते बिगड़ रहल बा, अबले बनल-बनावल बात / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
13:00, 30 मार्च 2015 का अवतरण
बनते-बनते बिगड़ रहल बा, अबले बनल-बनावल बात
आखिर परगट भइल सभत्तर, बहुत छिपल-छिपावल बात
कइसे तीर लवट के आई, छोड़ चलल जब तनल कमान
देवालो के कान रहेला, खुल जाई बतियावल बात
गलत सही के भेद छिपी ना, मिल जाई खुद ठोस सबूत
कतना नीक-जबून कहाँ ले, कतना झूठ मिलावल बात
दूर रहल हितकर चुगुलन से, जिनकर मनभावन हर बात
अपनापन के खाक मिला दी, उनकर आग लगावल बात
मन में जइसन भाव पलेला, चाहेले सब कइल बयान
भड़क उठी ज्वाला बन के, जे कतनो दबल-दबावल बात