भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"प्यार जग के सार बाटे / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
|||
पंक्ति 2: | पंक्ति 2: | ||
{{KKRachna | {{KKRachna | ||
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' | |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' | ||
− | |संग्रह= | + | |संग्रह=भँवर में नाव / सूर्यदेव पाठक 'पराग' |
}} | }} | ||
{{KKCatBhojpuriRachna}} | {{KKCatBhojpuriRachna}} |
13:33, 30 मार्च 2015 के समय का अवतरण
प्यार जग के सार बाटे
प्यार से संसार बाटे
जी रहल जे दुश्मनी में
ऊ धरा के भार बाटे
बाघ-सिंहन से जियादा
आदमी खूंखार बाटे
देश के आदर्शवादी
खुद घरे लाचार बाटे
रंगमंची जिन्दगी के
आदमी किरदार बाटे
जीत खातिर जोश चाहीं
काहिली में हार बाटे
थाम लीं पतवार नीके
तेज नदिया-धार बाटे
प्रेम-अपनापन-समर्पण
जगत् के आधार बाटे
विष पचा के शिव बने के
के कहऽ तइयार बाटे