भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"विनती / गुलरेज़ शहज़ाद" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार= |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKavita}} {{KKCatBhojpuriRachna}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

17:31, 5 जून 2020 के समय का अवतरण

बीतल-काटल काल
ई हमरा मन पड़ल बा

कतना नाया लोग जुड़ल
सुरसत्ती के बरद पुत्र
आ सब्द जगत के
साथी छुटलें
लोकराग आ रंगन के
बरियाती छुटलें

सन्नाटा कोठरी में
घुर्मी काट रहल बा
भाव के अदहन
मन में डभके

फड़फड़ात बा
कतना जोग-संजोग के पन्ना
कतना साथ के काटल रतिया
जगमग करे
बाकिर मन के कोना में दुःख
छंउक रहल बा

बिछुड़ल साथी-सँघाती लोग से
भेंट ना होखी
याद के फुलवारी में मनवा
दोला पाती खेल रहल बा
मन विह्वल बा

गजब विधान विधि के बाटे
जे आइल उ जइबे करी

विनती अतने करत बानीं
सबके साथ बनल रहे बस
नेह-छोह के डोर ना टूटे
अब केहू साथी ना छूटे