भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"बरदान तनिका दे द / कन्हैया लाल पण्डित" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=कन्हैया लाल पण्डित |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

23:39, 26 सितम्बर 2021 के समय का अवतरण

अलचार हो रहल मन वरदान तनिका दे द।
थाकल शरीर जननी, अब जान तनिका दे द॥
पहिले के शक्ति कहवाँ अब आज रह गइल बा।
फेनू लगा के हाथ तूँ तूफान तनिका दे द॥
पग अझुरा रहल बाटे आ नगिचा किनार के।
खोलऽ पलक भवानी आ ध्यान तनिका दे द॥
सकदम में पड़ रहल बा माँ जी कबो-कबो।
अपना कृपा किरन के भान तनिका दे द॥
कन्हइया छुवे चरन मइया राखि ल शरन।
सहला के माथ हाथे अभय दान तनिका दे द॥
अलचार हो रहल मन वरदान तनिका दे द।