भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"रउरा सासन के ना बड़ुए जवाब, भाईजी / विजेन्द्र अनिल" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विजेन्द्र अनिल |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

01:39, 22 जनवरी 2022 के समय का अवतरण

रउरा सासन के ना बड़ुए जवाब, भाईजी,
रउरा कुरूसी से झरेला गुलाब, भाईजी

रउरा भोंभा लेके सगरे आवाज करींला,
हमरा मुंहवा प डलले बानी जाब, भाईजी

हमरा झोपड़ी में मटियो के तेल नइखे,
रउरा कोठिया में बरे मेहताब, भाईजी

हमरा सतुआ मोहाल, नइखे कफन के ठेकान,
रउआ चाभीं रोज मुरूगा-कवाब, भाईजी

राउर छंवड़ा त पढ़ेला बेलाइत जाइ के
हमरा छंवड़ा के मिले ना किताब, भाईजी

रउरा बुढि़या के गालवा प क्रीम लागेला,
हमरा नयकी के जरि गइल ख्वाब, भाईजी

रउरा कनखी प थाना अउर जेहल नाचेला,
हमरा मुअला प होला ना हिसाब, भाईजी

चाहे दंगा करवाई, चाहे गोली चलवाई,
‘देसभक्तवा’ के मिलल बा खिताब, भाईजी

ई ह कइसन लोकसाही, लड़े जनता से सिपाही,
केहू मरे, केहू ढारेला सराब, भाईजी

अब ना सहब अत्याचार, बनी हमरो सरकार,
नाहीं सहब अब राउर कवनो दाब, भाईजी

चाहे हथकड़ी लगाईं, चाहे गोली से उड़ाईं
हम त पढ़ब अब ललकी किताब, भाईजी
          
रचनाकाल : 23 अगस्त 1979