भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"सपना / गोरख पाण्डेय" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
(New page: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=गोरख पाण्डेय |संग्रह=स्वर्ग से बिदाई / गोरख पाण्डेय }} ...)
 
पंक्ति 33: पंक्ति 33:
  
 
मिलल मोर साजन हो सखिया ।
 
मिलल मोर साजन हो सखिया ।
 +
 +
 +
(रचनाकाल : 1979)

22:38, 2 जुलाई 2007 का अवतरण


सूतन रहलीं सपन एक देखलीं

सपन मनभावन हो सखिया,

फूटलि किरनिया पुरुब असमनवा

उजर घर आँगन हो सखिया,

अँखिया के नीरवा भइल खेत सोनवा

त खेत भइलें आपन हो सखिया,

गोसयाँ के लठिया मुरइआ अस तूरलीं

भगवलीं महाजन हो सखिया,

केहू नाहीं ऊँचा नीच केहू के न भय

नाहीं केहू बा भयावन हो सखिय,

मेहनति माटी चारों ओर चमकवली

ढहल इनरासन हो सखिया,

बैरी पैसवा के रजवा मेटवलीं

मिलल मोर साजन हो सखिया ।


(रचनाकाल : 1979)