भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
चंदा मामा आबऽ / दामोदर प्रसाद
Kavita Kosh से
चन्दा ममा आवऽ
दूध बतासा लावऽ ।
बऊआ रहे खेले में
बात बनावे रेले में ।
बऊआ रुसल मेले में
तोहीं मनावऽ धेले में ।
गीत मधुरी तूँ गावऽ
दूध बतासा लावऽ ।
सोना के कटोरी में
अप्पन मिश्री बोली में
गीत सुनावे आवऽ ।
बऊआ के खेलावऽ ।