भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

काठ के पुल आ पतिआर / रिपुसूदन श्रीवास्तव

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:34, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रिपुसूदन श्रीवास्तव |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

का जाने केतना पानी आ केतना घाम के मारल
ए काठ का पुलिया पर
तू भरल गाड़ी हेलावे के तइआर बाड़-
तहरा मन में नल-नील के नया इतिहास
दोहरावे के कवनो ललक त नइखे ?
आ कि एतना झूर जमाना में-
जब आपने रोंआँ आपन बैरी बा
बिसवास के उकठल काठ में
फेर नया पनका फेंकले बा ?
मउअत के दुख ओतना ना सालेला
जेतना साख-पतिआर के घटल ?
बात झूठ होखे चाहे साँच,
चाहे छूंछ छोहे काहे ना होखे-
एक बेर फेर जिए के मन करता।
एक बेर मुए से मन डेराता।