भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सवाल / वीरेन्द्र नारायण पाण्डेय

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:44, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=वीरेन्द्र नारायण पाण्डेय |अनुवा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

राह में मिलला पर
सभे रोज पूछेला एकेगो सवाल
‘कइसन बा हाल-चाल ?’
बे-सोचले कहके कि ‘ठीके बा’
आगे बढ़ जाइले हाली दे।
भीड़ में भुला जाला
लोकाचार में पूछल सवाल
आ आँखिन में समा जाला
जलूस के धधकत मसाल।
हँगामा से बच निकले खातिर
जब पीछे मुड़ जाइले
राह घेर के खड़ा हो जाला
अनगिनित सवाल।
हमार चेहरा
चेहरन के भीड में भुला जाला
आ बे-सोचले, बे-चहले
आगे बढ़ के, थाम लिहिले
बगल से गुजरत जलूस के मसाल।