भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

नदी के किनारा / सत्यनारायण सिंह

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:28, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सत्यनारायण सिंह |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जब-जब डूबेला नदी के किनारा
पानी बहेला कि जइसे आबारा।।

खोजले मिलेला ना जिनगी भुलाइल
हरियर ना होखेला, फुलंगी सुखाइल
गरदिस में लउके ना जइसे सितारा।।

जागेला लहरन के मन में जब प्रीत
ज्ञानी पराशर भी भूल जाले रीत
पगल बना देला जइसे इसरा।।

लगेला जइसे कि वंशी टेराइल
देह भइल गोकुल आ सुधिया हेराइल
हहरावे हियरा के जमुना के धारा।।

सँसरेला पनघट पर झीनी चुनरिया
माथा से गिर जाला बाँकी पगरिया,
छलकत गगरिया में झलके इनारा।।

गरमी सहेला ना भादो के बादर
नजर ना लागे दे आँखिन के काजर
लहर से ढ़ह जाला जइसे दियारा।।