भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जवानी जोश के आगार होला / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ३ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:38, 30 मार्च 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जवानी जोश के आगार होला
लबालब प्रेम-पारावार होला

डगर में पाँव थम-थम के उठाईं
अनेसा बहके के हर बार होला

धरेला ठीक से पतवार सेही
मजे में पार ऊ मँझधार होला

कहाँ ना सत्व-रज-तम साथ में बा
अधिक जब सत्‍व, शुद्ध विचार होला

महाभारत टरी, जब लोभ जाई
बढ़ेला लोभ तब संहार होला

गुलामी के शिकंजा जब कसेला
छिपलका जोश के संचार होला

भले बदनाम कर लीं जानवर के
कहाँ कम आदमी खूंखार होला