Last modified on 28 सितम्बर 2018, at 01:06

हो गइले दीवाना / रमाकांत द्विवेदी 'रमता'

अनिल जनविजय (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 01:06, 28 सितम्बर 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रमाकांत द्विवेदी 'रमता' |अनुवादक=...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

सुरजवा के कारण छैला हो गइले दीवाना
खद्दर पहिर के धइले भेस फकिराना
लाठी सहे, हण्टर सहे, लाख-लाख गाली सहे
पुलिस-दारोगा के सहेले तीखे ताना

देखि के जुलुम बैमान अंगरेजवन के
बागी बन के गावेलें आजादी के तराना
चेत-चेत भारत के भाई हो-बहिनिया हो
तोड़ ई हुकूमत सुंदर आइल बा जमाना

कहे रमाकांत राज होई पंचाइत के
जरि जइहें आग में कचहरी अवरू थाना

रचनाकाल : 19.01.1942