भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"अकेले / आचार्य महेन्द्र शास्त्री" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=आचार्य महेन्द्र शास्त्री |अनुवा...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

11:33, 29 सितम्बर 2013 के समय का अवतरण

छोड़-छोड़ आसा अकेले नाव खोल रे।
ऊ खूब नीमन गइला पर जननी

लगेला सुहावन सुदूर वाला ढोल रे-
अब-तक उनकर मुँह हम जोहनी
निमने भइल कि खुल गइल पोल रे-
काम का बदले बदला दीहल

लटकवला से टरकावल भल
ना सँपरे तब-साफ-साफ बोल रे-
दउड़वला से फल पइबे ?
काहे खातिर टालमटोल रे-

नाहक सबकर दुश्मन बन-बन
कहलइबे तें एक भकोल रे-
बेहोसी में व्यर्थ परीक्षा
नम्बर मिलजाई एगो गोल रे-

तब तें पोंछिये बनल रहबे
तब तोर कइसे होई मोल रे-
अबहूँ से आपन आदर कर
कठपुतरी बनकर मत डोल रे-

ठोकर-पर-ठोकर तें खइले
न मनले तब मिल गइल ओल रे-