भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

आदमी के बन सकत बा काम से पहचान / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ३ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:45, 30 मार्च 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

आदमी के बन सकत बा काम से पहचान
काम से ही नाम होला, नाम से पहचान

आज बदलल लोग, आइल वक्त में बदलाव
काम के बदले मिलत बा दाम से पहचान

आचरन के कइल चर्चा भइल आज गुनाह
देवतो के तीर्थ-धामन से मिलत पहचान

भक्त आ भगवान में कतना निकट संपर्क
वीरवर हनुमान पवले राम से पहचान

शिष्टता-शालीनता में कवन खर्च ‘पराग’
नम्र जन के हात दण्ड-प्रनाम से पहचान