भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

कठपुतरी / जलज कुमार अनुपम

Kavita Kosh से
Jalaj Mishra (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:20, 15 जून 2020 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

कुहुकत-कुहुकत कब ले आखिर
कठुआइल ई समय कटाई !
कब ले आखिर गावल जाई
कबले आखिर रोअल जाई
कठपुतरी बन जीयल जाई
ना-ना भाई, अब ना भाई !
हाथ हाथ के दूरी तोड़
हुकुम बजावल अब त छोड़
गर के पगहा अब तोड़
कठपुतरी में जान जियावे
अब आपन पहचान बनावे
गोड़ टिकावे खातिर धरती
उड़ े बदे असमान बनावे !