भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बोलऽ बोलऽ कागा तूहूँ साम के खवरिया, कइसन बाड़ी ना / मास्टर अजीज

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:35, 29 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मास्टर अजीज |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बोलऽ बोलऽ कागा तूहूँ साम के खवरिया, कइसन बाड़ी ना ?
मोरा मन के मोहनवाँ, कइसन बाड़े ना ?

सखिया-सलेहर रोये, रोये धेनु गइया, कइसन बाड़ी ना ?
साँवर साम के सुरतिया, कइसन बाड़ी ना ?

खेत-खरिहान रोये, रोये मधुवनवाँ, कइसन बाड़ी ना ?
उनकर बाँस के बँसुरिया, कइसन बाड़ी ना ?

सिकहर टांगल रोये माखन के मटुकिया, कइसन बाड़ी ना ?
नन्हकी बाँह के अँगुरिया, कइसन बाड़ी ना ?

जहिया देब कागा साम के खबरिया, बरदानवा देबि ना ?
जुग-जुग जिओ तोहर जोड़िया, वरदनबा देबि ना ?

‘मास्टर अजीज’ जिया कुहु-कुहु कुहुके, कोइलिया कुहुके ना ?
जइसे भोर-भिनसहरा, ई कोइलिया कुहुके ना ?