भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
कठपुतरी / जलज कुमार अनुपम
Kavita Kosh से
कुहुकत-कुहुकत कब ले आखिर
कठुआइल ई समय कटाई !
कब ले आखिर गावल जाई
कबले आखिर रोअल जाई
कठपुतरी बन जीयल जाई
ना-ना भाई, अब ना भाई !
हाथ हाथ के दूरी तोड़
हुकुम बजावल अब त छोड़
गर के पगहा अब तोड़
कठपुतरी में जान जियावे
अब आपन पहचान बनावे
गोड़ टिकावे खातिर धरती
उड़ े बदे असमान बनावे !