भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

खेल तमासा / जलज कुमार अनुपम

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

अक्कड़ -बक्कड़ खेल तमासा
पाव खेसारी घोनसारी के
छुटल‌ कुहासा सूरुज निकलल
पाँव खेसारी गोनतारी के।

आइल जुग विज्ञान ज्ञान के
लागल नयकन से बा आशा
नेह घटल सिमटल बा रिश्ता
अक्कड़ -बक्कड़ खेल तमासा