भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

देहु आमा सूपा भरि धनवा हे दइया / भोजपुरी

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

 
देहु आमा सूपा भरि धनवा हे दइया, बाबा के घर हम्में भरब
बाबा मोरे नाँव लीहें ए।।१।।
देउ री भउजी छीपी भरि चनन हे, दइया, भइया-बाबा के भतिया रे उरेहब
सखिनी सब मोरे नाँव लीहें ए।।२।।
बाबा रोवे सभा बइठी, आमा रोवे कोहवर ए
भइया रोवे झिलमिल डोली धइले, आजु बहिनि पाहुन ए।।३।।
एक कोस गइले, दूसरे कोस आउरो ए
डोलिया उभकि बबुई हेरेला, छूटि गइले बाबा के राज हे।।४।।