भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
माटी कोड़े गइली ओही मटिखेनवाँ / भोजपुरी
Kavita Kosh से
माटी कोड़े गइली ओही मटिखेनवाँ
देवरवा ललना धरेले मोरे बहियाँ। देवरवा ललना.।।१।।
छोडू-छोडू देवरा अलपी मोरा बहियाँ
से फूटी जइहें ना रही रंग चूड़िया, से फूटी जइहें ना।।२।।
चूड़िया के बदला भउजी, चूड़ी पहिरइबों
कि साठ रुपैया भउजी अउरी देबों दान, कि साठ रुपया।।३।।