भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

साधना / आचार्य श्रद्धानन्द अवधूत

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

साधना कइला से मन में ही होला
नाहीं त ऊ बड़ा मोट बनि जाला।

मेंही भइला से मन व्यापक होला
दूर-दूर के सभ बात ऊ देखेला।

देखला से समझ-बूझ के पैर धरेला
एसे कबहीं ऊ ना गिरेला।

केहू ना ओकरा पर थपरी बजावेला
इज्जत के संगे ऊ दुनिया में रहेला।

मेंही भइला से सभ किछ बुझाला
दोसरा के दुःख-दर्द समझ में आवेला।

हरदम ऊ सभकर मदद करेला
सभका में ऊ भगवान के पावेला।