भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
सूतल में रहनी सखिया देखनी सपनवाँ / महेन्द्र मिश्र
Kavita Kosh से
सूतल में रहनी सखिया देखनी सपनवाँ
मधुबनवाँ से कान्हाँ मोरा आवेलें हो लाल।
कइसे तुहूँ जनलु राधा श्याम के अवनवाँ
से केरे तोहे आगम जनावेलें हो लाल।
अंखियाँ फड़कली सखिया चूड़िया खनकली
से ऊधो बाबा अगम जनावेलें हो लाल।
महेन्दर सखिया धरऽना धीरीजवा
से बिहने सबेरे कान्हा अइहन हो लाल।