भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

अगोरिया / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

नीमन दिन के अगेरिया में
सगरे दिन बाउर हो गइले सँ
जिनिगी हेवान हो गइल

रासि के रासि
जब पइया निकालि गइल
त लेडुली ओसवला से
का होई

जीयत बटले बाड़
त छपटात काहे बाड़
अगोरत बटले बाड़
त रोवत काहें बाड़

नइख सुनले मिल्टन के
जे चुपचाप अगोरिया में रहेला
उहो भगवान के
सच्चा भक्त ह।
16.06.93