भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
इश्क़ के बीमारी से / सुभाष चंद "रसिया"
Kavita Kosh से
ये इश्क की बीमारी से इंसान ई परेशान बा।
जिनगी कइसे के बीती ओकरा तनिको ना ध्यान बा।
समझे ना समझावे से कइसन ई इंसान बा।
का कही ये भइया जी एकरा तनिको ना ज्ञान बा॥
हो गोरी फोनवा पर केतना बताई
पढाई अब नीक नाही बा।
हरदम फोनवा पर करेलु बतिया।
कहेलू कइसे बिताई अब रतिया।
तोहके हरदम कइसे समझाई॥
पढाई अब नीक नहीं बा॥
हमरा के तू नाही देखलु ये सपना।
कइसे के कहेलु हमरा केअपना।
भैया भाभी से तू करेलु बड़ाई॥