Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 23:09

करि के गवनवाँ स्याम छोड़ ले भवनवाँ / महेन्द्र मिश्र

करि के गवनवाँ स्याम छोड़ ले भवनवाँ
अरमानवाँ कइसे राखब हो लाल।
गवना के सरिया धूमिलवों ना भइलें
सरमवाँ कइसे तेजब हो लाल।
बटिया जोहत मोरा अँखिया पिरइली
पीयर भइली देहिया हो लाल।
कहत महेन्दर स्याम भइले परदेसिया
घवाहिल कइलें छतिया हो लाल।