Last modified on 15 जून 2020, at 13:25

कान कनैठी अटकन चटकन / जलज कुमार अनुपम

कान कनैठी अटकन चटकन
पटरी इसलेट हवे बचपन
साफ करेजा आ निश्छल मन
खेले कूदे के करत जतन
घोघो रानी केतना पानी
कहे कहानी दादी नानी
मछरी हउवे जल के रानी
मर जाला जे बिन पानी