Last modified on 30 मार्च 2015, at 13:42

काहे उनका अभी खबर नइखे / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

काहे उनका अभी खबर नइखे
कइसे उनका कहीं डगर नइखे

नाव बन्हले रहे द घाटे पर
खेवे लायक अगर लहर नइखे

मन इहाँ के तरे भला लागो
हमरा लायक जगह शहर नइखे

कोई चहलो प मर सकी कइसे
शुद्ध मिलतो जहाँ जहर नइखे

बाहरे से भले जुटल लागे
जे बँटाइल ना, एको घर नइखे

कोई डर जाय उनका हरकत से
उनका केहू से तनिको डर नइखे

आज कहवाँ ‘पराग’ लउकत बा
खून से जे जमीन तर नइखे