भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

खण्डित बन्धा / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

अब येह खण्डित बन्धा के
केहू बान्हि ना सकेला
एही खण्डित बन्धा से
समूचा सागर के बहि जाए द
केतने गोरख, केतने दिनकर
केतने सुभद्रा, सोहनलाल, माखनलाल
गणेश शंकर, भगत सिंह, आजाद
सुभाष, गान्धी, विवेकानन्द, तिलक
सबके बहि जाए द एके संग
खण्डित बन्धा के साथ

केकरा में सक्ति बा
जे ए खण्डित बन्धा के बाँधी
बन्हाइल त रहल ह ई बाँध एक बेर
बाकी एकर कवन गति भइल
जो फेनू ऊहे कुल्हि होखे के बा
त का होई एके बान्हि के!

बहि जाए द एके पूरा
जवले ई बाँध पूरा बहि ना जाई
तबले जियले के कवनो उपाइ ना हो पाई
06.11.92