Last modified on 30 मार्च 2015, at 13:39

गहलीं कलम लिखते लिखत रम मन गइल / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

गहलीं कलम लिखते लिखत मर मन गइल
कविता-गजल-गीतन के रस मे सन गइल

बइठल सभे बा घर बना अलगे-अलग
केहू कइल घुसपैठ तब-तब ठन गइल

जिनगी खपा दीहल करत श्रम-साधना
अमरत्व पा इतिहास, पुरूखा बन गइल

कुछ लोग सउँसे उम्र पार लगा रहल
आइल, बुढ़ौती तबहूँ ना बचपन गइल

माँ भारती के हाथ बहुत बा बड़ा
जाई अकारथ ना ‘पराग’ सरन गइल