भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
गोखुला नगरिया में बाजेला बधइया से / महेन्द्र मिश्र
Kavita Kosh से
गोखुला नगरिया में बाजेला बधइया
से जनमेलें कुँवर कन्हाई हो लाल।
तबला मृदंग बाजे नाचेला नटइया
से नीको मोर लागे सहनइया हो लाल।
यसोदा लुटावे रामा अनधन सोनवाँ
से नंद जी लुटावे धेनु गइया हो लाल।
सोना के थरियवा में आरती उतरतीं
से गावेले मंगल के गवइया हो लाल।
कहत महेन्दर चलु सखिया सलेहरी कि
मारि आईं आजुए से नजरिया हो लाल।