भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

घूँघट सरकावऽ / गुरुचरण सिंह

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

गुनगुनात रहलऽ जिनिगी भर
अबो कवनो गीत सुनातऽ।
मंजूषा में बन्द ओजमय
कविता के घूँघट सरकावऽ॥
पड़े मर्म पर चोट, व्यक्ति
आहत होके गिर जाला
तब उठेला कलम काव्य
कागज पर तबे रचाला
देखे जब निर्बल के संग
दानव के राड़ बेसाहल
कवि तब निर्भयता से छाती
खोल खड़ा हो जाला
दानवता से त्रस्त मनुज के
व्यथा कथा बतलावऽ।
मंजूषा में बन्द................
जब अदिमी रावन के भय से
त्राहि त्राहि चिकरेला
बड़का न्याय प्रिय जोद्धा ना
भयवश जब घर से निकलेला।
मरघट के सन्नाटा में
सब मुँह जाब के सिसके लागे
पोंछे बदे लोर कवि ले के
कलम हाथ में तबे चलेला
कायरता से ग्रस्त मनुज के
तू अमृत संतान बनावऽ।
मंजूषा में................।
देखऽ अब एहिजा रक्षक
भक्षन र उतरि गइल बा
भइल सिपाही चोर कहो के
सब घुसखोर भइल बा।
देश बची कइसे जब रजे
दुसुमन से मिल गइलन
भइल खजाना खाली इ सब
उन्हुके कइल धइल बा
बाड़ऽ काहे चूप इहाँ
आवऽ रहस्य बतलावऽ
मंजूषा...........................।
देखऽ कवनो बेटी के
ईंज्जत निलाम हो जाता
भय से भा लालच से अब
बापो गुलाम हो जाता।
निर्भय हो के अत्याचारी
घुम रहल बा सगरो
जंगलराज भइल एहिजा
जिनिगी छेदाम हो जाता।
जनमन के नैराश्य मिटा
आशा के दीप जरावऽ।
मंजूषा............................॥
भला बचाई कइसे ऊ
जे खुदे लूट रहल बा
जनमन के आशा आके देखऽ
अब टूट रहल बा
क्षणिक स्वार्थ में जननेता
बैरी से मिल जाताड़न
घर के भेदी लंका ढाहे
साँचे बात कहल बा
तुलसी चंद कबीर गुप्त
भूषण बन देश बचावऽ।
मंजूषा............................॥
बहुते गीत प्रेम के गवलऽ
महराजन के हक में
बाकिर कहाँ प्रेम उमड़त बा
जनमन के रग-रग में
स्वार्थ प्रेम पर हावी होके
निर्भय बन इठलाता।
खून बहे अदिमिन के देखऽ
सत्ता खातिर जग में
स्वार्थ रहित निश्छलता से
परिपूर्ण प्रेम बरसावऽ।
मंजूषा में बन्द ओजमय
कविता के घूँघट सरकावऽ॥