भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

चलीं अपना गाँव / हरेश्वर राय

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

चलीं अपना गाँव
तनि सा घूम आईं I

पत्थल के एह नगरिया में
पथरा गइली सन आँख,
टुटल डाढ़ अस गिरल बानी
कटल परल मोर पाँख I

लागल बा चोट कुठाँव
त कइसे धूम मचाईं I

खिसियाइल दुपहरिया में
तिल-तिल के तन जरता,
नोनिआइल देवालिन में
नोनी जस मन झरता I

ओहिजे मिली नीम छाँव
तनि-सा झूम आईं I

छाँह नदारद ठाँह नदारद
माहुर उगलत नल,
का जाने कइसन बा आपन
आवेवाला कल I

दादी अम्मा के पाँव
तनि-सा चूम आईं I