जहाँ मेढ़िये खेतवा चरि जाला
का करिहें भइया रखवाला।
जहाँ नदिये पानी पी जाई,
जहाँ फेड़वे फलवा खा जाई,
जहवाँ माली गजरा पहिरे
ऊ फूल के बाग उजरि जाला। जहाँ...
जहाँ गगन पिये बरखा पानी,
धरती निगले सोना-चानी,
जहवाँ भाई-भाई झगड़े
उहवें सब बात बिगड़ि जाला। जहाँ...