भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जेतना सतावल चाहे / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जेतना सतावल चाहे ओतना सताले
चाहे मुआदे हमके चाहे जिया दे

मारे के बटले बा त जवनेंगा मार
अन्हे हटा के चाहे लगे बोला के

मुवही के बाटे हमके तोहरे गली में
चाहे हँसा के मार चाहे रोआ के

परदा में छिप के चाहे सूरति देखा के
मार पियासन चाहे पानी पिया के

आपन घर बाटे लूटे के अपने
लूट जरा के दीया चाहे बुता के
18.03.96