Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:17

धाउ-धाउ नउआ, से धावहु बरिया हे / भोजपुरी

धाउ-धाउ नउआ, से धावहु बरिया हे,
हाँ रे, मालिन आगे खबरि जनावहु, मालिन अनिहें फूल डारी हे।।१।।
धावेले नउआ, धावेले बरिया,
हाँ रे, मालिन आगे खबरि जनावेले, मालिन अनिहें फूल डारी हे।।२।।
किया राजा मरिहें, किया गरिअइहें, किया राजा देस से निकलिहें नु ए
नाहीं राजा मरिहें, नाहीं राजा डड़िहें, नाहीं राजा देस से निकलिहें
त चलू मालिन फूल लोढ़ी के हे।।३।।
एतना बचन मालिन सुनेली, सुनहुँ ना पावेली ए,
मालिन चलि भइली राजा फुलवरिया, त मालिन आने फूल डारी हे।।४।।
बेली फूलवा लोढ़ली, चमेली फूलवा हे
मालिन चलि गइली राजा के हबेलिया, त लेहु राजा फूल डारी हे।।५।।
बेली फूलवा खोंसे, चमेली फूलवा खोंसे,
चंपा फूलवा हृदया लगावे, त बनि गइले सिंगार बाबू के हे।।६।।
डांढ़ी के धोती धइले मालिन रोवे, आउर चदर-खूंट धरे
मालिन निपटे भिखार, त देहिं राजा फूल-दाम हे।।७।।
छोडू-छोडू मालिन डांढ़ी के धोती, आउर चादर-खूंट रे
नारि बिआहि घरे ले आइब त देबों फूल कर दाम हे।।८।।
जाहु तूहूँ जइबऽ बबुआ, चनने चंडूल चढ़ि
नारि बिआहि घरे अइब, बिसरी जइहें फूल-दाम हे।।९।।