भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
नयका तरजिया हो / विजेन्द्र अनिल
Kavita Kosh से
केकरा से करीं अरजिया हो
सगरे बंटमार।
राजा के देखनीं, सिपहिया के देखनीं
नेता के देखनीं, उपहिया के देखनीं
पइसा प सभकर मरजिया हो
सगरे बंटमार
देखनीं कलट्टर के, जजो के देखनीं
राजो के देखनी आ लाजो के देखनीं
कमवा बा सभकर फरजिया हो
सगरे बंटमार
देस भई बोफ़ोर्स के तोप नियसउदा सउदा
लोकतन्त्र नाद भइल, संविधान हउदा
कइसे भराई करजिया हो
सगरे बंटमार
छप्पन गो छूरी से गरदन रेताइल
साँपन के दूध आउर लावा दिआइल
गाईं जा नयका तरजिया हो
सगरे बंटमार
केकरा से करीं अरजिया हो
सगरे बंटमार।
रचनाकाल : 07.2.1988