भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

निंदा, दुःख, अपमान के / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

निंदा, दुःख, अपमान के
चोट चाहे हम जेतना खाई
हम जानऽ तानी कि ओसे कुछ
हमार बिगड़ी नाहीं।
धूरा-मटी मेभें बइठे के पड़े
तबहूँ हम आसन के चिंता ना करीं।
दीन-हीन दश मेभें भी
खाली तहरा कृपा के प्रसाद चाहीं।
लोग जब हमार बड़ाई करेला
हमरा इर्द-गिर्द सुख के मेल लग जल
तबो हम खूब जानीले
कि ई सब खाली धोखा ह।
बाकिर एह धोखा भरल सुख से
हम एतना अगरा जाइले
कि जहाँ-तहँ भटके लगिले
आ तोहरा लगे आवे के मोके ना मिले।