Last modified on 30 मार्च 2015, at 13:38

नेक आचरन मनुष्य के दफन भइल / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

नेक आचरन मनुष्य के दफन भइल
साधु-संत तक के लक्ष्य आज धन भइल

राम के कथा सुनत कटल ई जिन्दगी
दानवी विचार से अलग ना मन भइल

भोग-रोग से तमाम लोग त्रस्त बा
कर्मयोग-साधना-विपन्न तन भइल

देखते उमिर सिरा गइल गवें-गवें
काम क्रोध लोभ के कहाँ शमन भइल

लोकहित में त्याग के गइल शरीर जे
गीत यश के गावते गगन मगन