भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

प्रयास / केशव मोहन पाण्डेय

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जिनगी जहर ना हऽ
हहरावेले
घहरावेले
तबो
कहर ना हऽ।
जिनगी
राग हऽ
रंग हऽ
एह के
अजब-गजब ढंग हऽ
ई कई बेर बुझाले
कि बिना बिआहे के बाजा हऽ
छन में फकीर हऽ ई
छन में
चक्रवर्ती राजा हऽ।
ई तऽ सभे जानेला
कि पानी बही ना
तऽ गड़हा में ठहर के
मर जाई
बबुआ
सुतला से कुछ ना मिली
सुतले रहब
आ भइसिया
सगरो खेत चर जाई
उठऽ
प्रयास करऽ
जाँगर भर जोर लगाव
जे आगे बा
ओहसे होड़ लगाव
कवनो अनुग्रह-अनुदान के
मुँह मत देखऽ
करम के जोत जराव,
करम होई
त फल मिलबे करी
सिद्ध कऽ के देखाव,
निश्चित बा
तहरा मन के फूल
खिलबे करी।